- चइत
- बइसाख
- जेठ
- असाढ़
- सावन
- भादो
- कुआर
- कातिक
- अगहन
- पूस
- माघ
- फागुन
अगहन (आग्रहायण या मार्गशीर्ष) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना बा।
काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार अगहन साल के नउवाँ महीना होला। अंगरेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई नवंबर/दिसंबर के महीना में पड़े ला।
भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में अगहन नउवाँ महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 22 नवंबर से एकर सुरुआत होले। नेपाल में प्रयुक्त कैलेंडर के हिसाब से ई साल के आठवाँ महीना हवे। बंगाली कैलेंडर में भी ई आठवाँ महीना होला।
संदर्भ[संपादन]
| ई हिंदू धर्म लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |